सोमवार, 2 जुलाई 2012

सुरों का महासंग्राम के विजेता बने अरूणदेव यादव

भोजपुरी चैनल महुआ टीवी के लोकप्रिय शो ‘सुरों का महासंग्राम’ के विजेता के ताज झारखण्ड के अरूणदेव यादव का माथे चढ़ल जे बिहार के प्रतीक राज के आठ हजार वोट से हरा दिहलें. पटना के बी.एम.पी. ग्राउण्ड से लाइव कार्यक्रम के ग्रैण्ड फिनाले में यु.पी. के कल्पना तिसरका जगहा रहली.

पचास हजार लोग का मौजुदगी में भइल एह फिनाले में मनोज तिवारी, निरहुआ, पाखी हेगड़े, संभावना सेठ, प्रवेशलाल, शुभी शर्मा, उत्तम तिवारी, संगीतकार धनंजय मिश्रा, सतीश, अजय, गायक मोहन राठौर, ममता रावत आ आलोक कुमार रंगारंग कार्यक्रम पेश कइलें.

साभार : CinemaBhojpuri.in

कोई टिप्पणी नहीं: